Lyrics
मुखड़ा
M- जा तानी देवघर साली
बोला चाही का हाली
कजरा टिकुलियाँ लेबू
की लेले आइब बाली
F- लिस्ट बना के रेडी राखब हम झोला
ए जीजा लेले आइहा ऐगो संखपोला
जहपे लिखल होखे बोला
ए जीजा जी जेहपे लिखल होखे भोला
ए जीजा जी जेहपे लिखल होखे भोला
अंतरा १
M- औरी का चाही बतवा साली छोटकी
तोहरे नावे डारी देहब जल भर लोटकी
F- जीजा कीन लिहा दीदीयो ला कुछ बढ़िया
देवघर के सेंहूर गेरु रंग साडिया
रास्ता में खाईहा न जाके भांगगोला
ए जीजा लीले आहा ऐगो संखपोला
जहपे लिखल होखे भोला
ए जीजा जी जेहपे लिखल होखे भोला
ए जीजा जी जेहपे लिखल होखे भोला
अंतरा २
M- तोहरा ला माँग लेहब निक घर वर हो
जैसे के हवे हमार भई शिखर हो
F- खुशहाल रखे भोला तोहे भर सावन
हरी हरी चूड़ी लइहा जीजा होला पवन
जाइहा प्रभात संघे बुक काके ओला
ए जीजा लीले आइहा ऐगो संखपोला
जहपे लिखल होखे भोला
ए जीजा जी जेहपे लिखल होखे भोला
ए जीजा जी जेहपे लिखल होखे भोला
Fast Facts
Total Views
0
Last Updated
Jul 26, 2026